बिहार में विधायक निधि खतम हो गइल

आजु बिहार में विधायक निधि के प्रावधान खतम कर दिहल गइल. छबीस साल पहिले एह निधि के शुरुआत एक लाख रुपिया सालाना से भइल रहे जवन बढ़त बढ़त एक करोड़ रुपिया सालाना हो गइल रहे. कुछ विधायक एह निधि में अउरी बढ़ोतरी चाहत रहलें बाकिर भ्रष्टाचार हटावे के मुहिम चला के शानदार जीत हासिल करे वाला नीतीश सरकार आजु एह निधि के खतम कर देबे के फैसला लागू कर दिहलसि. विपक्षी दल एह से सहमत नइखन बाकिर खुल के विरोध करे के साहस केहू में नइखे रह गइल. हँ अतना जरुर कहत बा लोग कि कवनो वैकल्पिक प्रावधान होखे के चाहीं जवना से विधायक अपना क्षेत्र में जरुरी विकास काम करवा सकसु. लोजपा विधायक एह फैसला के खुला विरोध में रहलें बाकिर राजद के कहना बा कि उहो एह निधि के खात्मा चाहत रहुवे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।