बिहार में संजय पांडे के आन्ही

SanjayPandey33बिहार में एह घरी सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन खलनायक संजय पांडे के जादू चलत बा. जेनिए जाई तेनिए सिनेमाघर में संजय पांडे के फिलिम लागल मिल जाई. एह समय उनकर चार गो फिलिम चलत बाड़ी सँ बिहार में आ चारो सुपर हिट बाड़ी सँ. एहमें निर्माता डा॰ सुनील के दिनेश यादव निर्देशित ‘प्रेम दीवानी’, राजकुमार पांडे निर्देशित ‘जीना तेरी गली में’, यश कुमार के ‘दिलदार सांवरिया’ आ मुकेश पांडे निर्देशित ‘सपूत’ शामिल बा.

अपना चारो फिलिमन के सफलता से संजय उछाह में बाड़ें. कहतारें कि बस देखेवालन के प्यार मिलत रहो अउर कुछ ना चाहीं. हर बड़का निर्माता अपना फिलिमन ला नायक केहु के बनावे खलनायक ला ओकरा हरहाल में संजय पांडे चाहीँ.

संजय पांडे अबहीं ‘घुस के मारब’ फिलिम के शूटिंग में व्यस्त बाड़े. शूटिंग उत्तर प्रदेश के जमानियां में चलत बा. अनेके शहरन आ गाँवन में शूटिंग कर चुकल संजय पांडे जमानियां में पहिला बेर शूटिंग करे आइल बाड़े आ उनका जमानियां में मज़ा आवत बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।