बिहार में हिट हो गइल चढ़ल जवनिया के गीत

सिने प्राइम वर्ल्ड के प्रस्तुति आ निर्मात ऋतुराज पाण्डेय के फिल्म “चढ़ल जवनियां भइले जी के काल” के गीत बिहार में हिट हो गइल आ नवहियन के खूबे नीक लागल बा. फिल्म के सगरी गीत रोमांटिक बावे आ श्याम देहाती आ मुनव्वर आजमी के लिखल ह. एह गीतन के संगीत से सँवारे का काम मुनव्वर आ अनुज मैथ्यूज कइले बाड़े. गवले बाड़न सुमित बाबा, तरन्नुम मल्लिक, उदय नारायण झा, कुमार कांछा, अमर केसरी, रूपेश मिश्र, आ हीना पाण्डेय.

आलोक पाण्डेय के लिखल कहानी पर बनल एह फिल्म के संगीत टी सिरीज पर जारी भइल बा.

फिल्म के कलाकारन में सिद्धार्थ भारद्वाज, तनिषा सिंह, अमन, सुमित बाबा, करन, पूजा, महेन्द्र भटनागर आ माधुरी मिश्रा के नाम बा.


(स्रोत : समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।