बिहार में 18 नवंबर से ‘मल्ल युद्ध’

चरचा में रहल भोजपुरी फिल्म ‘मल्ल युद्ध’ बिहार में 18 नवंबर से रिलीज हो रहल बा. एह फिल्म में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ रानी चटर्जी के जोड़ी का साथे डायनामिक स्टार शुभम तिवारी आ कोमल ढिल्लों के मुख्य भूमिका बा. जबरदस्त एक्शन, रोमांस अउर कॉमेडी से भरल ‘मल्ल युद्ध’ के निर्माता सुनील चौहन हउवें आ निर्देशक चांद मेहता.

जे.एम.वी. प्रोडक्शन के बैनर तले बनल ‘मल्ल युद्ध’ भोजपुरी परंपरा आ दबंगई पर आधारित बा. कहानी राजेश चौहान के लिखल आ गीत एस. कुमार, सोनी यादव अउर जॉनी के लिखल ह. संगीत राज सेन आ पंडित ज्वाला प्रसाद के, कैमरागिरी अशोक चक्रवर्ती के, एक्शन मास्टरी रियाज़ सुल्तान के हवे. नृत्य निर्देशन दिलीप मिस्त्री आ रामदेवन के बा.

मुख्य कलाकारन में रवि किशन, रानी चटर्जी, शुभम तिवारी, कोमल ढिल्लों, कुनाल सिंह, सुनीता शर्मा, गिरीश शर्मा, सोनी यादव, बृजेश त्रिपाठी, कौशल कुमार शर्मा, रमेश गोयल, संध्या, अभय यादव, जय प्रकाश, सुमन, शंकर सिंह अउर किरण के नाम बा. आयटम डांसर सीमा सिंह, प्रोमिला अउर निशा सिंह के बा,


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।