बिहार यूपी के पिछड़ा राज्य माने के तइयार भइल केन्द्र सरकार

नीतीश कुमार के बिहार आ अखिलेश यादव के यूपी के देश के पिछड़ा राज्यन में शामिल कर लेबे के मुद्दा पर केन्द्र सरकार तइयार हो गइल बिया. एकरा पीछे कांग्रेस के मनसा बा कि संसद में एक सौ बीस सीट देबे वाला एह दु गो राज्यन के अपना पाला में कर लिहल जाव. पिछड़ा राज्य बना दिहला का बाद ओह राज्यन के कई तरह के फायदा होखेला. जइसे कि केन्द्र से मिले वाला सहायता के नब्बे फीसदी अनुदान मान लिहल जाला जबकि दोसरा राज्यन खातिर तीसे फीसदी अनुदान होखेला.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।