बिहार-यू०पी० में निरहुआ के जलवा बा

nirahuaसिनेमा भोजपुरी का परदा पर सुपरस्टार निरहुआ के जलवा सभ पर भारी चलत बा. एह साल उनकर रिलीज फिलिम ‘दिलेर’ आ ‘गंगा जमुना सरस्वती’ बॉक्स ऑफिस पर शानदार बिजनबेस कइलसि आ अब हालिया रिलीज ‘वर्दीवाला गुन्डा’ फिलिमो शानदार बिजनेस बटोरत बिया. पिछला हफ्ता बिहार के 35 गो सिनेमाघरन में रीलीज ई फिलिम दुसरको हफ्ता में शानदार भीड़ बटोरत बिया. एह फिलिम में निरहुआ के हिन्दी डायलाग आ शानदार एक्शन दर्शकन के बहुते पसंद आवत बा. एह फिलिम में निरहुआ के नायिका बनल बाड़ी अंजना सिंह.
ओने यू०पी० में रिलीह भइल निरहुआ के फिलिम ‘बीवी नं० 1’ सगरो शानदार व्यवसाय करत बिया. एहमें निरहुआ के नायिका बाड़ी मोनालिसा.

पिछला दिने निरहुआ आ मोनालिसा अभिनीत फिलिम ‘जंजीर‘ के शूटिग पूरा हो गइल. एह फिलिम में निरहुआ एगो होनहार नौजवान का किरदार में बाड़न जबकि नायिका मोनालिसा प्रेस रिर्पोटर बनल बाड़ी. एह प्रेमी जोड़ा पर एक से बढ़के एक हॉट सीन आ गाना फिलिमावल गइल बा. एकर शूटिग सिलवासा में पूरा भइल.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।