बिहार-यू॰पी॰ में आलोक कुमार के ‘गंगा जमुना सरस्वती’ ऐतिहासिक ओपनिंग लिहलसि

RDM-trimurtiसिनेमा भोजपुरी के सबले बड़हन फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ होली का मौका पर बिहार-यू॰पी॰ में ऐतिहासिक ओपनिंग लेत शुरू भइल. एह फिलिम के बिहार के पचास आ यूपी के बीस गो सिनेमाघर में ऐतिहासिक ओपनिंग मिलल. बिहार के मोतिहारी, हाजीपुर, छपरा, घोडासहन, आरा, सुगौली, बक्सर, सीतामढ़ी समेत दू दर्जन जगहन पर एकरा रिकार्ड ओपनिंग मिलल. यू॰पी॰ के गोरखपुर आ बिहार के हाजीपुर में पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिलिम दू गो सिनेमाघर में एके साथ लागल.

संयोगिता फिल्मस् के बैनर तले आलोक कुमार के बनावल आ हैरी फर्नांडिज के निर्देशत एह फिलिम में पहिला हाली सिनेमा भोजपुरी के तीन गो सुपर स्टार, मनोज तिवारी ‘मृदुल’, रवि किशन आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, एक साथे आइल बाड़ें. एहमें रिंकू घोष, रानी चटर्जी, पाखी हेगडे आ हिनू वर्मा के भूमिको दमदार बा.

दर्शक एकरा के बहुते पसंद करत बाड़ें आ औरतन के भारी भीड़ देखे उमड़त बा. एक हफ्ता पहिले जब ई मुंबई में रिलीज भइल त ओहिजो रिकार्ड बिजनेस कइलसि आ नवरंग (अंधेरी) समेत दर्जनभर सिनेमाघर में कलेक्शन के नया रिकार्ड बन गइल. एह फिलिम के सफलता से सिनेमा भोजपुरी दुनिया में खुशी के माहौल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।