बिहार विधानसभा चुनाव के तिसरका आ चउथका दौर के प्रचार चरम पर

हर गोल के नेता अपना अपना दल के प्रचार आ दोसरा गोल के बुराई बतियावे में लागल बाड़े. सभके इहे लागत बा कि उनुके बतावल बात आ राह सही बा जबकि दोसरका के गलत. संगही संगे सभे आपन आपन जीत के दावा करे में लागल बा. जबकि असलियत इहे बा कि पिछलका दुनू दौर के चुनाव का बारे में सभकर मति हेराइल बा कि ऊंट कवन करवट बइठे जा रहल बा. एह बीच मीडिया झूठ के हवा बनावे में लागल बा काहे कि जबसे भाजपा नीत सरकार आइल बिया केन्द्र में ओहनी के कमाई धमाई के राह बंद होखे लागल बा आ सरकारी माल चाभे के नइखे मिल पावत. पिछलका सरकारन में एह लोग के बहुते मजा रहुवे काहे कि लूट के माल पर मजा लूटे के मिल जात रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।