बिहार विधान परिषद के चार गो सीट पर आजु मतदान

बिहार विधान परिषद के सारण आ गया स्नातक निर्वाचन क्षेत्र अउर गया आ कोसी शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र के चार गो सीट खातिर आजु मतदान हो रहल बा. मतदान साँझ चार बजे ले चली. एह मतदान में प्राथमिकता का आधार पर वोट डालल जाला जवना खातिर बैंगनी रंग के स्केच पेन के इस्तेमाल कइल जाई. दोसर कवनो कलम, पेंसिल भा बॉलपेन के इस्तेमाल पर मनाही बा. पिछला बेर के कांग्रेसी महाचन्द्र सिंह अबकी जदयू का टिकट पर सारण स्नातक निर्वाचन क्षेत्र से मैदान में बाड़न.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..