बिहार विधान परिषद के चुनाव करावे के जरुरत ना पड़ी


पटना 15 अप्रैल (वार्ता). बिहार विधान परिषद के 11 सीटन ला होखे वाला चुनाव में अबहीं ले एगारहे गो उमीदवार मैदान में ताल ठोकले बाड़े जवना से लागत बा कि सभे के निर्विरोध चुनाव हो जाई.
राजद का तरफ से चार जने पहिलहीं परचा दाखिल करा चुकल बाड़ें. आजु भाजपा का तरफ से तीन गो उमीदवारन के नाम घोषित हो गइल रहे. बाद में जदयू अपना तीनो उमीदवारन के रुप में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, रामेश्‍वर महतो, आ खालिद अनवर के नाम के एलान कइले बिया. कांग्रेस का तरफ से एगो उमीदवार बाड़ें प्रेमचन्द्र मिश्रा.
एह तरह से एह एगारहो उमीदवारन के चुनाइल तय बा बशर्ते काल्हु कवनो नया नाम मैदान में ताल मत ठोक देव.
परचा दाखिल करे के काल्हु आखिरी दिन ह आ सातो उमीदवार काल्हुए आपन अपन परचा दाखिल करीहें. राजद का तरफ से चार जने पहिलहीं आपन परचा जमा करा चुकल बाड़ें. परचा के जाँच 17 तारीख के होखी आ अगर जरुरत पड़ल त 26 अप्रैल के भोटिंग करा लीहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *