बिहार विधान परिषद के चुनाव करावे के जरुरत ना पड़ी


पटना 15 अप्रैल (वार्ता). बिहार विधान परिषद के 11 सीटन ला होखे वाला चुनाव में अबहीं ले एगारहे गो उमीदवार मैदान में ताल ठोकले बाड़े जवना से लागत बा कि सभे के निर्विरोध चुनाव हो जाई.
राजद का तरफ से चार जने पहिलहीं परचा दाखिल करा चुकल बाड़ें. आजु भाजपा का तरफ से तीन गो उमीदवारन के नाम घोषित हो गइल रहे. बाद में जदयू अपना तीनो उमीदवारन के रुप में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, रामेश्‍वर महतो, आ खालिद अनवर के नाम के एलान कइले बिया. कांग्रेस का तरफ से एगो उमीदवार बाड़ें प्रेमचन्द्र मिश्रा.
एह तरह से एह एगारहो उमीदवारन के चुनाइल तय बा बशर्ते काल्हु कवनो नया नाम मैदान में ताल मत ठोक देव.
परचा दाखिल करे के काल्हु आखिरी दिन ह आ सातो उमीदवार काल्हुए आपन अपन परचा दाखिल करीहें. राजद का तरफ से चार जने पहिलहीं आपन परचा जमा करा चुकल बाड़ें. परचा के जाँच 17 तारीख के होखी आ अगर जरुरत पड़ल त 26 अप्रैल के भोटिंग करा लीहल जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।