बिहार विधान परिषद चुनाव के परिणाम

दस अप्रेल के भइल बिहार विधानपरिषद के चार सीट के मतगणना बुध का दिने शुरु भइल जवन बियफे के पूरा हो गइल. एह चार में तीन जगहा से राजग के उम्मीदवार जीतले जबकि एक जगहा निर्दलीय. सारण स्नातक सीट से पहिले के कांग्रेसी आ अबकी बेर राजग उम्मीदवार बन गइल महाचन्द्र प्रसाद सिंह, कोसी शिक्षक सीट से संजीव कुमार सिंह, आ गया स्नातक सीट से अवधेश नारायण सिंह जीत गइलें. गया शिक्षक सीट पर चालीस साल से लगातार जीतत आ रहल कांग्रेसी प्रो॰अरुण कुमार हार गइले आ निर्दलीय संजीव श्याम सिंह जीत गइलें. प्रो॰ अरुण के हार एहसे आश्चर्यजनक रहल कि उनुका के कांग्रेस आ राजग का साथे साथ राजदो के समर्थन रहुवे. एह तीनो के समर्थन का बावजूद ऊ आदमी हार गइल जे पिछला चालीस साल से लगातार जीतत आइल रहे. कहीं एहसे त ना कि ऊ अपना जीत के पक्का मान लिहले रहले ?

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..