बिहार सरकार के मौजुदा मंत्री नरेन्द्र मोदी के राय सही बतवले

बिहार के विज्ञान एवं प्राद्योगिकी मंत्री गौतम सिंह रेवाड़ी में सीमा, सैनिक, आ देश के नेतृत्व का बारे में दिहल नरेन्द्र मोदी के भाषण के सही बतवले बाड़न, .यूनीवार्ता. से गौतम सिह कहलन कि अतवार का दिने रेवाड़ी में नरेन्द्र मोदी जवन कुछ कहलन सभ सही बा. कहलन कि कमजोर नेतृत्व, कठपुतली सरकार, आ इच्छा शक्ति के कमी का चलते पाकिस्तान हमनी के सैनिकन के मूड़ी काट ले जात बा आ चीन बेर बेर सीमा लाँघ के भारत के बेइज्जत करे में लागल बा.

मंत्री गौतम सिहं कहलन कि एह सब का बावजूद केन्द्र सरकार चुप्पी सधले देखत बिया आ भारतीय सैनिकन के हाथ बांन्ह दिहल गइल बा. मोदी का बारे में दिहल अपना बयान के कवनो राजनीतिक मतलब निकाले से मना करत गौतम सिहं कहलन कि उ मुद्दा के सही कहत बाड़े नरेन्द्र मोदी के बड़ाई नइखन करत. कहलन कि कवनो सही बात के सिर्फ एहले गलत ना कहल जा सके कि उ बात कवनो दुश्मन कहले बा.

गौतम सिहं नीतीश कुमार के आपन नेता बतावत कहले कि ऊ बिहार मे बढ़िया काम करत बाड़ें आ बिहार तेजी से विकास करत बा.
(वार्ता)

0 Comments