बिहार सरकार विधायक निधि खतम कइल चाहत बिया

बिहार के विधायकन के हर साल एक एक करोड़ दिहल जाला जवना से ऊ लोग अपना इलाका में अपना मर्जी के विकास करवा सकेला. एह निधि के बड़हन पैमाना पर दुरुपयोग होखे के शिकायत जनता के लगे रहेला. काहे कि अक्सरहाँ देखल जाला कि अन्हरा बाँटे रेवड़ी घूम फिर अपने के देव. आजु शुक का दिने बिहार मंत्रिमण्डल का बइठका में विधायक निधि पर बहुते सोच विचार का बाद एकरा के खतम कर देबे पर सहमति बन गइल. बाकिर आखिरी फैसला मंगल का दिने होखे वाला बइठका में लिहल जाई.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।