बीएचयू के छात्र अपने में भिड़ले

(फाइल फोटो)


बीएचयू के बिड़ला छात्रावास के दूगो छात्रन के लाल बहादुर शास्त्री छात्रावास में बंधक बनावे के अफवाह का बाद अधरतिया में दूनू छात्रावास से बहुते छात्र पत्थर आ लाठी डंडा ले के सड़क पर आ गइलें आ एक दोसरा के निशाना बनावच पथराव आ पेट्रोल बमन से हमला करे लगलें. कई वाहनन के आगि लगा दीहल गइल. बवाल के खबर पा के विश्वविद्यालय के सुरक्षा कर्मी मौका पर चहुंपलें बाकिर ओह लोग के कवनो असर ना पड़ल.
विश्वविद्यालय के चीफ प्रॉक्टर प्रो0 रोयना सिंह बवाली छात्रों के समुझावे के कोशिश कइली बाकिर जब कवनो असर ना भइल त पुलिस के बोला लीहल गइल. तब बड़हन पुलिस बल आइल आ बवालीयन पर काबू पवलसि.
जाने जोग बा कि पांच मई का दिने आशुतोष मौर्य नामके छात्र पर चाकू से हमला का बाद एहिजा तनाव पसरल शुरु हो गइल. एह हमला का बाद लाल बहादुर शास्त्री आ बिरला छात्रावास के छात्र आपस में भिड़ गइल रहलें. ओहू दिन पुलिस बोलावे के पड़ल रहल.
अब विश्वविद्यालय परिसर में तनाव भरल शांति बा बाकिर एहतियातन बड़हन पुलिस बल अबहियों तैनात बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *