बीडीओ साहब के संगीतमय लांचिंग आ कुछ अउर हालचाल

narayan_dubeyमाँ लक्ष्मी फिल्म्स के भोजपुरी फिलिम “बीडीओ साहेब” के संगीतमय लांचिंग पिछला दिने कुमार शानू का आवाज में फ्यूजन स्टूडियो में गाना रिकार्ड करा के कइल गइल. संगीत दिहले नागेन्द्र नृपांशू. फिलिम के निर्माता दिलीप कुमार गिरी आ निर्देशक पप्पू भारती हउवन. कहानी नारायण दूबे (फोटो में) के लिखल ह आ संगीत राजेश पाण्डेय आ मनोज मंजू के. फिलिम में दिलीप आ डिम्पल के लांच कइल जाई. बाकी कलाकारन के चुने के काम चालू बा. शूटिंग बिहार के छपरा में कइल जाई.


गुलाब थिएटर के अब अप्रेल में रिलीज कइल जाई.


साईं विजय फिल्म्स आ माँ शारदा फिल्म प्रोडक्शन के फिलिम “फूल और कांटे” एह हफ्ता बिहार के पचीस गो सिनेमाघर में रिलीज हो गइल.


दुर्गा फिल्म प्रोडक्शन के फिलिम “लड़ब मरते दम तक” के संपादन पूरा हो गइल बा. जितेन्द्र सिंह जीतू एकर संपादन कइलें.


शिव प्रिया फिल्म प्रोडक्शन के फिलिम “कंचन मन गंगा तन तुलसी” सेंसर बोर्ड में पहुँचल.


बिरेन्द्र आर्ट्स इंटरटेनमेंट के फिलिम “हमार हीरो रंगबाज बा” कलकत्ता सेंसर बोर्ड से यूए सर्टिफिकेट ले के पास हो गइल.


(समरजीत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।