बीसीसीआई 6138 करोड़ में बेचलसि मीडिया अधिकार


मुंबई, 05 अप्रैल (वार्ता). दुनिया के सबले अमीर क्रिकेट बोर्ड भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) साल 2018 से लिहले 2023 तक के मीडिया अधिकार ई-नीलामी प्रक्रिया का जरिये 6138 करोड़ रुपिया (94.4 करोड़ डॉलर) में बेच दिहलसि. हालांकि बीसीसीआई अबही ई नइखे बतावत कि कवन कंपनी ई अधिकार खरीदले बिया.
बीसीसीआई के मीडिया अधिकारन के दाम पिछला बेर के 3851 करोड़ के डेढ़ो ले बेसी बा. एकर नीलामी मंगल का दिने शुरु भइल आ बियफे का दिने जा के फैसला हो सकल. मीडिया अधिकार खरीदे का होड़ में तीन गो कंपनी स्टार इंडिया, रिलायंस आ सोनी शामिल रहली सँ.
बीसीसीआई भारत के अंतर्राष्ट्रीय आ घरेलू मैचन के मीडिया अधिकार पहिला बेर ई-नीलामी प्रक्रिया से बेचलसि आ ओकरा एकर भरपूर फायदो भेंटाइल बा. एह अधिकारन में भारत में 15 अप्रैल 2018 से ले के 31 मार्च 2023 तक होखे वाला बीसीसीआई आयोजित सगरी अँतर्राष्ट्रीय आ घरेलू मैचन के वैश्विक टेलीविज़न आ डिजिटल अधिकार शामिल बा.
भारतीय टीम के हर मैच के औसत दाम लगभग 60 करोड़ रूपिया आवत बा जवन आईपीएल के हर मैच पर मिले वाला दाम 54.5 करोड़ रूपियो ले बेसी बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।