बीस बरिस बादो ना बनल अफसरन के घर

सिकन्दरपुर, बलिया। इहंवा के तहसील के कर्मचारियन आ अधिकारियन के रहेवालाा घर अभियो ले ना बनल बीस बरिस बीति गइल। एकरा बारे में पूछला पर पता चलल ह कि   करीबन 15 बरिस पहिले  राजस्व मंत्री वीरेंन्द्र सिंह सिरोही के हाथन इ तहसील के मुख्य भवन के लोकार्पण भइल बाकी अबले खाली दुइ गो मंजिल तेयार हो पाइल बाड़ी स जबकि चार मंजिल ले बने के रहल ह। कवनो अधिकारी ए बारे में बतावल नइखन चाहत। हर जगहिये तहसील के हाता में झाड़ झंखाड जामल बा आ सांप गोजर के अडडा बनि गइल बा। देखभाल ना होखला के चलते चोरन के आ हेरोइन पीए वालन के इ सबसे बढि़या जगहि बनि गइल बा।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।