अतवार का दिने छपरा के रामजयपाल सिंह यादव कालेज का मैदान मे लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार एक मंच प मौजूद रहले. विधानसभा चुनाव मे भाजपा के हरावे खातिर दुनू जने वइसही एके साथ हो गइल बाड़े जइसे बाढ़ का चलते साँप आ नेउर एके गाछ पर शरण ले लेले. कबो लालू के जंगल राज खतम करे खातिर नीतीश भाजपा से हाथ मिला के बिहार मे सुशासन के माहौल बनवले रहले. बाद मे पीएम बने के सपना टूटत देख भाजपा से अलग हो गइलन. सोचले रहलन कि उनकर जातिवादी आ मुस्लिम समर्थक उनुका के जीता दीहे बाकिर लोकसभा चुनाव मे जदयू के हवा बिगड़ गइल. इहे हाल लालू के राजद आ कांग्रेस के भइल. अब तीनो दल मिल के कहत बारे कि भाजपा के जहर बोवे वाली राजनीति के काट कइल जरुरी रहे आ एही से ई लोग साथे आ गइल बा.
अपना पुरनका रौ मे लउकत लालू के कहना रहे कि आजादी के सालगिरह का दिने लालकिला पर भगवा साफा बान्ह के नरेन्द्र मोदी आपन सांप्रदायिक चेहरा देखा दिहलन. लालू के कहना रहे कि पिछला बेर लोग के बहका के जीत गइले काहे कि एह लोग के वोट बँटा गइल रहे. अबकी एह लोग के वोट एक साथे बा आ भाजपा के हार तय बा. मुसलमान के तरफदारी करे वाला लउके खातिर लालू इहो कहलन कि सैयद शहाबुद्दीन के निर्दोष बेटा के हत्या के मामिला मे फॅसावल जात बा. सिरिफ एह चलते कि उ मुसलमान ह.
छपरा से पहिले दुनू जने नरकटियागंज हाई स्कूल का मैदान मे एके मंच से भाषण दे के आइल रहुवे. ओहिजा लालू नीतीश के आपन छोट भाई आ नीतीश लालू के बड़ भाई कहले. दुनू जने के कहना रहल कि भाई भाई के मनभेद खतम हो गइल बा.
0 Comments