‘बी.डी.ओ. साहब’ के भव्य म्यूजिकल लांचिंग

BDO-musical-muhurtमां लक्ष्मी फिल्म्स के बैनर तले बनत राममनोहर सिंह के प्रस्तुति भोजपुरी फिलिम ‘बी.डी.ओ. साहब’ के संगीत मुहूर्त पिछला दिने कोलकाता का फ्यूजन स्टूडियो में बहुते धूमधाम से कइल गइल. एह मौका पर कुमार शानू के गावल एगो गीत के रिकार्डिंग भइल.

‘बी.डी.ओ. साहब’ निर्माता दिलीप कुमार गिरि, निर्देशक पप्पू भारती, गीतकार राजेश पाण्डेय ‘अकेला’ आ मनोज मजनू, संगीतकार नागेन्द्र निरपांसु अउर निर्माण प्रबंधक अरविन्द कुमार हउवें. एहमें कुल दस गो गाना बा जवनन के बोल साफ सुथरा बा. मुख्य भूमिका में नवोदित कलाकार दिलीप आ डिम्पल नजर अइहें.

निर्माता दिलीप कुमार गिरि बतवलन कि एकर शूटिंग बिहार के छपरा जिला में कई जगहन पर करावल जाई जेहसे कि एहमें भोजपुरी शैली के वास्तविकता नजर आवे. एकर कहानी गाँव का माटी से जुड़ल बा. कहानीकार हउवें नारायण दुबे. निर्देशक पप्पू भारती बतवलें कि एहमें देखावल जाई कि के तरह बाहुबलियन आ अनेरिया के राज चलेला ब्लॉकन में. फिलिम के नायक ओहिजा के जनता के एह अनेरियन से बचावता आ सगरी सुविधा जनता ले चहुँपावत बा.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।