‘बी.डी.ओ. साहब’ के 15 दिन के शूटिंग पूरा भइल

Dilip-and-Dimpleमां लक्ष्मी फिल्म्स के बैनर तले बनत आ राममनोहर सिंह के परोसल भोजपुरी फिलिम ‘बी.डी.ओ. साहब’ के 15 दिन के शूटिंग शिड्यूल पिछला दिने बिहार के छपरा आ बनियापुर में पूरा हो गइल. निर्माता हउवें दिलीप कुमार गिरि आ निर्देशक पप्पू भारती. लेखक नारायण दुबे, संगीतकार नागेन्द्र नृर्पांशु, गीतकार राजेश पाण्डेय ‘अकेला’ आ मनोज मजनू, कैमरामैन प्रबल दत्ता आ आशुतोष कुमार अउर प्रोडक्शन मैनेजर अरविंद कुमार हउवें.

एह फिलिम में नवोदित कलाकार दिलीप गिरि, डिम्पल त्रिपाठी, अशोक अखौरी, दिवाकर पाठक, घनश्याम मिश्रा, ओमप्रकाश सिंह, माला मुखर्जी, श्रेया दत्ता, किरन शाह आ आर.बी. गिरि के प्रमुख भूमिका बा. फिलिम के कहानी एह इलाका के एगो ब्लाक के बा जहवाँ बाहुबलियन आ असामाजिक गिरोह के दबदबा बा. ओहिजा के जनता के एह दबदबा से आजाद करे आइल नायक कवना तरह अपना मंजिल ले चहुँपत बा इहे देखावल गइल बा एह फिलिम में.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।