बुड़बके नू होई जेे अपना मेहरी सेे रंगदारी करी

screengrab of youtube video

आ अब त खुलेआम धमकी दिआत बा कि, ‘देखी जनि हमरा के आंख कके लाल जी, ना त खइले बिना राउर होई बुरा हाल जी.’

भोजपुरी गीत -गवनई मेें हँसी-ठिठोली खूबे मिलेला सुने केे. अब खुशबू तिवारी अपना यू ट्यूब पर आपन गावल गाना पोस्ट कइले बाड़ी जवना में धमकावल गइल बा कि, ‘होई ठीक न जे देब रउआ गारी राजा जी, मेहरी से कईल रंगदारी राजा जी, पड़ जाई रउरा प भारी राजा जी.’

आ हालात कतना गंभीर बा ऊ एहिसे जान लीं कि राजा जी के बकार नइखे निकलत मेहरी का धमकी का आगेे.

‘मेहर से रंगदारी पड़ जाई भारी’ मथैैला वाला एह गीत के वीडियो वर्ल्डवाइड रिकार्ड्स भोजपुरी अपना यूट्यूब चैनल पर रिलीज कइले बावेे. बाकिर गायिका खुशबू तिवारी एकर आडियो अपना यूट्यूब चैैनल पर रिलीज कइले बाड़ी. एहिजा हम आडियो वाला पोस्टे साझा करेे जा रहल बानी. एकरा सेे एगो सुविधा त ई हो जाई कि वीडियो में देखावल हाव-भाव से बाचत गाना के आनन्द लीहल जा सकेला.

एकर गीत आ संगीत दुनू यादव राज के हवेे. गाना का साथेे गीतकार आ संगीतकार के नाम ना दीहल बेजाँय मानल जाई.

लीं, रउरो सभे अब मेहरी के धमकावल सुनीं –

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।