Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

बुध, 10 जनवरी 2018 के खास खास खबर

राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद एक दिन का दौरा प बियफे का दिने बिहार आएब. राष्ट्रपति एहिजा राजगीर में नालंदा विश्वविद्यालय, सीएसआरएस, इंडिया फाउंडेशन अउर विदेश मंत्रालय का ओर से आयोजित तीन दिन के धर्म-धम्म सम्मेलन के उद्घाटन करब. एह सम्मेलन में राज्यपाल सत्यपाल मलिक, मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ श्रीलंका के विदेश मंत्री तिलक मरापाना समेत अनेके देशन के प्रतिनिधि शामिल होखीहें.

चारा घोटाला के चाईबासा कोषागार से नाजायज निकासी का मामिला में सीबीआई के रांची के विशेष अदालत में सुनवाई बुध का दिने पूरा हो गइल. अब अदालत आपन फैसला चौबीस जनवरी का दिने सुनाई. एहू मामिला में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद, पूर्व मंत्री आर.केराणा, आ लोक लेखा समिति के ओह घरी अध्यक्ष रहल जगदीश शर्मा अदालत में हाजिर रहुवे लोग. एकरा साथही डोरंडा आ दुमका कोषागारन से भइल नाजायज निकासी के मामिलो के सुनल गइल. हालांकि पटना का सीबीआई विशेष अदालत में भागलपुर कोषागार से भइल नाजायज निकासी के सुनवाई ना हो सकल काहें कि आरोपी लोग राँची अदालत में हाजिरी लगवले रहुवे.

बिहार आ यूपी में देश के उत्तरी हिस्सा समेत शीतलहर के प्रकोप जारी बावे. एकरा अबहीं अउरी कुछ दिन बरकरार रहे के अनेसा बतावल जात बा. बिहार में अबही ले नाहियो त साठ लोग के मौत एह पाला से हो चुकल बा.

कुहासा का बावजूद रेलगाड़ियन के समय सेचलावे का मकसद से पूर्वोत्तर सीमांत रेलवे एगो नया प्रणाली के परीक्षण करत बिया. एह जोन के सगरी रेलगाड़ियन में जीपीएस वाला एह प्रणाली के इस्तेमाल शुरू हा गइल बा. एह प्रणाली में अगिला दू गो टीसन के दूरी के जानकारी मिल जात बा.

रोहतास जिला के डेहरी में चलत सेना बहाली का दौरान मचल भगदड़ में बियफे का दिने एगो नवही के मौत हो गइल आ पाँच गो अउरी नवही घवाहिल हो गइलें. घवाहिलन के सासाराम सदर अस्पताल में
भरजी करावल गइल बा.

बिहार सरकार के उत्पाद विभाग बियफे का दिने अलग अलग जगहा से कुल मिला के एगारह जने के शराब का साथे गिरफ्तार क लिहलसि. गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के नेचुआ जलालपुर समेकित चेक पोस्ट पर एगो ट्रक से हरियाणा के बनल तीन सौ पेटी शराब बरामद भइल.

इलाहाबाद में चलत माघ मेला का खास खास नहानन का दिने पूर्वोत्तर रेलवे वाराणसी के मडुवाडीह से इलाहाबाद सिटी का बीचे विषेश रेलगाड़ियन के चलावे के तय कइले बिया. 13 से 16 जनवरी का बीचे एक दर्जन मेला स्पेशल ट्रेन चलावल जाई. तीन जोड़ी रेलगाड़ियन में अधिका कोच लगावल जाई आ कुछ रेलगाड़ियन के मेला ठहराव दीहल जाई,

0 Comments