बुलेट राजा मे मेहरारू के किरदार मे बाड़े रवि किशन

भोजपुरी के सुपरस्टार रवि किशन अपना आवे वाली फिलिम “बुलेट राजा” मे मेहरारू के किरदार कइले बाड़े.
रवि किशन कहले कि, हम हमेशा से चुनौतीवाली भूमिका पसंद करत आइल बानी. एह फिलिम बुलेट राजा मे हम रउरा अर्द्धनारीश्वर के किरदार निभावत बानी. अइसन किरदार हम कबो नइखीं कइले. ई हमरा ला बहुते चुनौती वाला रहुवे.
रवि किशन कहलन कि एकर श्रेय हम अपना निर्देशक तिग्माशू धूलिया के दिहल चाहब. तिग्माशु अभिनेता के काम आसान कर देले. ई किरदार रउरा सभे के बेहद पसंद आई.
जानेजोग बा कि बुलेट राजा मे सैफ अली खान आ सोनाक्षी सिन्हा के मुख्य भूमिका बा. सैफ अली खान एगो माफिया का किरदार में बाड़े.
फिलिम 29 नवंबर के रिलीज होखी.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।