बेटा पतोहु मिल के बाप के गरदन रेत दिहले

गोपालगंज जिला के गोपालपुर इलाका के सोनीपुर गाँव में महादेव चौधरी के हत्या उनुके बेटा पतोहु गरदन रेत के कर दिहले. बतावल जात बा कि महादेव हालही में आपन जमीन बेचले रहले. बेटा ओहमें से रुपिया मँगले स आ ना मिलल त एगो बेटा तेजा चौधरी अपना मेहरारू संगे मिल के उनकर गरदन रेत दिहले.
पुलिस चार गो बेटा आ तीन गो पतोहु का खिलाफ मामिला दर्ज कइले बिया. सगरी आरोपी फरार बाड़ें.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।