बेतिया में झोलाछाप डाक्टरी पर छापा

बेतिया के जिला स्वास्थ्य समिति झोलाछाप डाक्टरन आ गैरअनुमति चलावल जा रहल नर्सिंग होमन का खिलाफ छापा मार रहल बिया जवना चलते बहुते लोग आपन आपन बोर्ड हटा लिहले बा आ कुछ लोग जमिंदोज हो गइल बा. सगरी झोला छापन में दहशत के माहौल बा.बाकिर देर सबेर फेर ऊ ओही तरह अपना धंधा में लाग जइहें जइसे अतिक्रमण हटला का कुछ दिन बाद फेर ओही तरह ठेला खोमचा टोकरी सड़क घेरे लागेला. एह क्रम में कुछ अधिकारियनो धंधा चमक जाई आ ओह लोग के आमदनी बढ़िया जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।