बेतिया में पैक्स अध्यक्ष से आठ लाख के लूट

पश्चिम चंपारण जिला के जगदीशपुर इलाका के जमुनियां गांव का लगे काल्हु बेतिया अरेराज रोड पर कुछ अपराधी पश्चिम सरैया पंचायत के पैक्स: अध्यक्ष अहमद अली से लगभग आठ लाख रूपिया लूट लिहले. अहमद अली पंजाब नेशनल बैक के बेतिया शाखा से रूपिया निकाल के मोटरसाइकिल से अपना घरे आवत रहुवन जब एगो दोसरा मोटरसाइकिल पर सवार दू गो अपराधी उनुका पर लोहा के रॉड से वार कर के गिरा दिहलें. उनुका गिरला का बाद अपराधी रुपिया से भरल थैला छीन के परा गइले.

अहमद अली के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. पुलिस केस दर्ज कर के छानबीन में लागल बिया.(वार्ता)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।