बेनी बाबू के फेरू बकार फूटल प्रदेश में ९० संसदीय सीट बता दिहलें

अपना बयानबाजी का फेर में हिसाब किताब के परवाह ना करसु बेनी बाबू. ई बात तब साफ गो गइल जब काल्हु फेर सपा पर जुबानी हमला करत बेनी बाबू कह दिहले कि अगिला चुनाव में सपा के चार सीट से अधिका ना मिली आ उहो चार सीट सपा के कंधा देबे खातिर मिली. कहलन कि अगिला चुनाव में कांग्रेस के चालीस, बसपा के छत्तीस, भाजपा के दस आ सपा के चार सीट मिली. बेचारु के जीभ लड़खड़ा गइल कि हिसाब गड़बड़ा गइल पता ना. काहें कि राज्य में संसद के अस्सीए सीट बा आ बेनी बाबू के हिसाब नब्बे सीट के हो गइल. एही आधार पर सपा नेता लोग के कहना बा कि बेनी बाबू के मानसिक हालत बिगड़ गइल बा आ प्रधानमंत्री उनुका के जल्दी से बरखास्त कर देसु मंत्रिमंडल से.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।