बेहतर बा एगो दिया जरा लीं

बक्सर में छह फरवरी के आयोजित भोजपुरी कवि सम्मेलन के संबोधित करत बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष डा॰ रविकांत दूबे कहलें कि भोजपुरी के प्रतिष्ठा दिआवे खातिर ऊ सब कुछ करे के तइयार बाड़न आ एहमें सभकर सहयोग के आह्वान ऊ अपना कविता के लाइन सुनावत कइले कि जब राह ना लउकत होखे त बेहतर बा एगो दिया जरा लीं. डा॰ दूबे के अध्यक्षता में भोजपुरी अकादमी बहुते सक्रिय हो गइल बा आ पिछला कुछ महीना से कार्यक्रम के कारवाँ जइसन बढ़ निकलल बा. एही कारवाँ के एगो पड़ाव अतवार छह फरवरी के बक्सर में रहे.

बिहार के कई जिला से आइल भोजपुरी विद्वान कवियन के एह सम्मेलन के उद्घाटन भोजपुरी गीत रचना के भीष्म पितामह आचार्य गणेश दत्त किरण आ भोजपुरी सुर सम्राट भरत शर्मा कइले. स्वागत भाषण अखिल भारतीय भोजपुरी सम्मेलन के सचिव गुरू चरण सिंह दिहले. सम्मेलन में कविता पाठ करे वाला कवियन में अकादमी के सदस्य रामेश्वर प्रसाद सिन्हा पीयूष, सासाराम के सरोज कुमार पंकज, भगवान पांडेय निराश, आचार्य गणेश दत्त किरण, भरत शर्मा व्यास, बेतिया के गोरख प्रसाद मस्ताना, पटना के भगवती प्रसाद द्विवेदी, पश्चिम बंगाल से आइल डा॰ राम रक्षा मिश्र विमल, गाजीपुर के मिशिलेश गहमरी, गोरखपुर के अक्षय पांडेय, फिल्मी गीतकार ब्रजकिशोर, समेत दर्जनो कवि शामिल रहले.

1 Comment

  1. Santosh Kumar

    bahut nik samachar
    badhaee samet
    santosh patel

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..