बैंक के कैशवान लूट के मामिला अबहीं ले ना सझूराइल

पंजाब नेशनल बैंक के कैशवान से सवा करोड़ रुपिया लूट के मामिला पुलिस अबहीं ले नइखे सझूरा पवले. एक त कैशवान में रुपिया से भरल ब्रीफकेस अइसहीं राखल रहुवे. दोसर वान का बारे में कवनो आदमी पल पल के जानकारी लेत देत रहुवे. तिसर एगो बोलेरो ओह गाड़ी के ओवर टेक कर के आगा निकल गइल रहे. शायद ओहूमें अपराधी बइठल होखऽ सं. ओवरटेक का चलते कैशवान धीमे भइल त एक दर्जन बदमाश ओकरा के घेर लिहलें आ आराम से लूट के चल निकलले. जवना जगहा पर डकैती भइल तवन दु थाना का बीच में पड़ेला आ दुनु थाना ओह इलाका के दोसरा के मानत ओहिजा गश्ती ना मारसु. कई जगहा छापामारी का बावजूद अबले कवनो अपराधी पकड़ में नइखे आइल आ नगदियो बरामद नइखे भइल . नकदी वाला ब्रीफकेस जरूर एक जगह फेंकल मिल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।