बैंक में पैन आ आधार जमा करावे के समय सीमा बढ़ि गइल


नयी दिल्ली 31 मार्च (वार्ता). बैंक खाता से पैन नं आ आधार कार्ड जोड़वावे के समय सीमा केन्द्र सरकार अब बेमियादी समय ले बढ़ा दिहले बिया.
वित्त मंत्रालय आजु बतवलसि कि एह बारे में सुप्रीम कोर्ट के फैसला आ गइला का बादे ओकरा हिसाब से नया तारीख बतावल जाई.
आजु जारी भइल वित्त मंत्रालय के अधिसूचना में कहल गइल बा कि सुप्रीम कोर्ट बैंक खातन के आधार से जोड़े के समय सीमा तबले बढ़ा दिहले बिया जब ले ऊ एहपर आपन फैसला नइखे सुना देत. एही से सरकारो ओही हिसाब से फैसला कइले बिया कि अदालत के फैसला अइला का बादे नया समय सीमा बतावल जाई.
जान जाईं कि आधार का फेरा में बहुते लोग के गड़बड़झाला सामने आ गइल बा आ जे लोग के गड़बड़ झाला अबहीं ले उघार नइखे भइल ऊ लोग चाहत बा कि उनुकर मामिला धराव ना आ ऊ आपन गड़बड़झाला जारी राख सकसु. हमरा लागेला कि जेही आधार के विरोध करत बा ओकरा तिजोरी भा पेट पर बरियार लात लागल बा आ एही से ऊ लोग बेचैनो बेसी बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।