बैलगाड़ियन पर निकलल सेना के जवान के बारात


धमतरी 29 अप्रैल (वार्ता). छत्तीसगढ़ के धमतरी जिला में एगो अनोखा बारात देखे के मिलल जवना में सेना के जवान रहल लोमश साहू अपना दादा के मनसा पुरावे ला एक दर्जन सजल-धजल बैलगाड़ियन पर आपन बारात निकललन.
बारात मंदरौद से निकलके 10 किलोमीटर दूर परखंदा गाँव गइल. सात फेरा लिहला का बाद अपना कनिया नेहा साहू के लेके फेरु ओही बैलगाड़ियन का काफिला का साथे लवटलन लोमश. ई बारात देखते बनल काहे कि बैलगाड़ियन के बहुते मेहनत से चटक रंगन में सजावल गइल रहुवे. बैलगाडियन के चक्कन से लेके ऊपरी हिस्सा ला आ बैलनो के रंग से सजावल गइल रहुवे.
रास्ता में बारातियन के खातिरदारी का साथही बैलनो ला चारा पानी के मुकम्मल व्यवस्था रहुवे. भर रास्ता में बड़े वाला गाँवन के लोग एह अनोखा बारात के जम के निहरलें आ सरहलें.
लोमश बतवलें कि उनुकर दादा बैसाखूराम के इच्छा रहुवे कि छत्तीसगढ़ के सांस्कृतिक परंपरा बनवले राखे ला ऊ जब शादी करसु त बारात बैलगाड़ी से लेके जासु. एहीसे पुछला कई दिन से बैलगाड़ियन के सजावट के काम चलल आ पूरा उछाह, तामझाम आ शानदार तरीका से बारात निकालल गइल. दुल्हिन नेहो एह ला रजामंद रहली.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।