बॉक्स ऑफिस पर रवि किशन के जादू

RaviKishanसिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के जलवा एह घरी बॉक्स ऑफिस पर सर चढ़ के बोलत बा. एह होली पर बिहार में रिलीज़ भइल उनुकर दुनु फिलिम “साली बड़ी सतावेली” आ “गंगा जमुना सरस्वती” के ऐतिहासिक शुरुवात मिलल. इहो जाने जोग बा कि एह होली पर रिलीज़ भइल तीन गो बड़की फिलिमन में से दू गो में रवि किशन आ रानी चटर्जी के हिट जोड़ी बा. “साली बड़ी सतावेली” के त कई जगहा सौ फीसदीओ से अधिका के ओपनिंग मिलल ८४८ सीट वाला सीतामढ़ी के आर डी पैलेस में पहिला शो में १२६० दर्शक रहलें आ पहिला दिने करीब पाँच हजार दर्शक ई फिलिम देखलें. बाकियो शहरन में कमोबेस इहे हालत रहल.

अपना दोहरी सफलता से गदगद रवि किशन के कहना बा कि फिलिमन के सफलता के पहिला हकदार दर्शक होलें जे बढ़िया शुरुवात दिआवेलें.

रवि किशन के एह साल आवे वाली फिलिमन में “धुरंधर”, “छपरा के प्रेम कहानी”, “प्रेम विद्रोही” वगैरह बाड़ी सँ. लगातार हिंदी के बड़का बैनरन के फिलिमन के शूटिंग में व्यस्त रवि किशन हाल में “इरोज़ की बजाते रहो” के शूटिंग पूरा कर के अब सैफ अली खान आ सोनाक्षी सिन्हा संगे तिग्मांशु धुलिया के फिलिम “बुलेट राज़ा” के शूटिंग करत बाड़ें. .


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..