बॉक्स ऑफिस पर होखे जा रहल बा ऐश्वर्या आ इरफान के टक्कर


मुंबई 01 जून (वार्ता). बॉलीवुड अभिनेत्री ऐश्वर्या राय आ इरफान खान के फिलिम बॉक्स ऑफिस पर टकराए वाला बाड़ी सँ.
ऐश्वर्या राय के फिलिम फन्ने खान तीन अगस्त के रिलीज़ होखे वाली बा आ ओही दिने इरफान खान के कारवां फिलिमो रिलीज होखे वाली बा. ऐश्वर्या राय आपन कमबैक जज़्बा फिलिम से कइले रही आ ओह फिलिम में उनकर साथ दिहले रहलें इरफान खान. अब ऐश्वर्या उनुकरे फिलिम से टक्कर लेत लउकीहें.
कारवां फिलिम से कन्नड़ सुपरस्टार दलकीर सलमान बॉालीवुड में डेब्यू करे जात बाड़न.
फन्ने खान फिलिम में ऐश्वर्या, राजकुमार राव का अपोज़िट दिखाई दीहें. कहल जात बा कि एह फिलिम में ऐश्वर्या के किरदार हॉलीवुड के सिंगर्स मडोना, बियॉन्से अउर रिहाना से प्रेरित बा.
फिलिम के कहानी बाप बेटी का रिश्तन पर बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।