बोधगया के महाबोधि मंदिर का नियरा पाँच गो बम फाटल

आजु अतवार का भिनुसारे बोधगया में भगवान बुद्ध के महाबोधि मंदिर का नियरा नौ गो बम फाटल. एह बम विस्फोटन में पाँच गो बौद्ध भिक्षुवन के घवाहिल होखे के खबर बा. एहमें दू जने के हालत बहुत गंभीर बतावल जात बा. सबेरे साढ़े पाँच बजे ई सगरी बम फटली सँ. चार गो बम त मंदिरे का परिसर में भइल. पँचवा बम मंदिर से लगभग तीस मीटर दूर भइल, छठवाँ धमाका करमापा मंदिर क लगे भइल. बाकीओ बम मंदिर का नियरे फटली सँ. मंदिर परिसर से दू गो जियते बम बरामदो भइल.

एह हमला का कुछ दिन पहिलही खुफिया चेतावनी राज्य सरकार के मिलल रहुवे कि दू गो आतंकी बिहार में घुस आइल बाड़े आ ओहनी से सावधान रहला क जरूरत बा बाकिर लागत बा कि बिहार सरकार एह चेतावनी के हमेशा मिलत रहे वाला चेतावनी का तरह लिहलसि आ कवनो खास सावधानी ना बरतलसि. वइसहुँ बिहार के नीतीश सरकार आतंकी माड्यूलन का खिलाफ कड़ा कार्रवाई शायदे कर पाई काहे कि ओकरा अपना वोट बैंक के चिंता बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।