ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या का बाद उपजल तनाव शहर में कर्फ्यू लागू

रणवीर सेना के प्रमुख रह चुकल आ नौ साल बाद जेल से रिहा हो के अप्रेल में बाहर आइल ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या का बाद उनुकर समर्थक खिसिया गइलें आ आरा समेत कई जगहा तोड़ फोड़ आ आगजनी कइलें. मुखिया के हत्या के सगरी राजनीतिक दल नि्दा कइले बाड़न आ भाजपा के सीपी ठाकुर समेत अनेक नेता एह मामिला के सीबीआई जाँच करावे के माग कइले बाड़न.

हत्या का बाद उपजल हालात पर काबू पावे खातिर आरा शहर में निषेधाज्ञा लगा दिहल गइल आ पूरा राज्य में अलर्ट जारी कर दिहल गइल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।