ब्लाक प्रमुखन के चुनाव पूरा भइल

उत्तर प्रदेश पंचायत चुनाव का क्रम में काल्हु ब्लाक प्रमुखन के चुनाव पूरा हो गइल. अधिकतर जगहा से बसपा उम्मीदवार जीतल बाड़न. ज्योतिबा फूले नगर के हसनपुर क्षेत्र में बसपा विधायक भगवान शर्मा उर्फ गुड्डू पंडित के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. गुड्डू पंडित पर आरोप बा जे ऊ चौदह गो क्षेत्र पंचायत सदस्यन के अपहरण कर लिहले रहले. अधिकतर के छोड़ा लिहल गइल बा. बाकिर एगो महिला अपहृत के अबहियो पता नइखे. गोरखपुर के जंगल कौड़िया में भाजपा उम्मीदवार गोरख सिंह के विजय जुलूस पर गोलीबारी से अनेके लोग घाही हो गइल बा. बलिया जिला के सत्रह सीट में से सात गो पर बसपा, पाँच गो पर सपा, दू गो पर कांग्रेस, आ तीन गो पर निर्दल उम्मीदवार जीतल बाड़ें.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।