बड़भागी भोजपुरिया

जयशंकर प्रसाद द्विवेदी

 

धधके आन्दोलन के अगिया हो ,

बड़भागी भोजपुरिया .

पहिली दरदिया कुल्ही आइके उमड़ल

नीको नेवर बतिया मनही में घुमड़ल

जुड़े लगने कुल्ही सह्भागिया हो,

बड़भागी भोजपुरिया .

 

अठवीं अनुसूची बात सुनत सुनत

बीत गइल अरसा इहे गुनत गुनत

खुले शायद नेतन बुद्धिया हो ,

बड़भागी भोजपुरिया .

 

सहते सहत आज अइसन भइल

बोलल लागे , अस जस मइल

फूटे लागल गुंगवो के रगिया हो ,

बड़भागी भोजपुरिया

.33a

1 Comment

  1. amritanshuom

    जय-जय भोजपुरिया।।।।।

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..