Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

बड़ बड़ भूत कदम तर रोअसु मुआ माँगे पुआ (बतकुच्चन ११२)


सत्ता के सटहा सट्टा के सटाकी साट दिहलसि पोसुआ मीडिया पर. एगो भोजपुरी कहाउत ह कि बड़ बड़ भूत कदम तर रोअसु मुआ माँगे पुआ. बाकिर बड़का भूतन पर से धेयान हटावे खातिर कवनो ना कवनो मुआ के खोज निकाले के पड़िए जाला. पिछला कई दिन से चौबीस घंटा चले वाला न्यूज चैनलन पर एके चरचा चलत बा क्रिकेटरन के सट्टाबाजी के. हालांकि सभे इहो जानत बा कि जवन मुर्गा पकड़ाइल बाड़न स तवन बस छोटका मुर्गा हउवन सँ. बाँग देत धरा गइल बाड़े सँ. बाकिर आगे चले से पहिले सट्टा के बात कर लिहल जाव. सट्टा एक तरह के अनुबंध होला जवना में दू आदमी का बीच में एगो समझौता होला. एक आदमी कुछ करेला आ दोसरका ओह कइला खातिर भुगतान देबेला. बाकिर तनी रूक जाईं. देबेला आ देबे ला में का फरक बा ? देबेला मतलब देला जबकि देबे ला मतलब भइल दिहला खातिर. भोजपुरी में ला के एह इस्तेमाल पर सावधानी से धेयान दिहला के जरुरत होला. ना त कहेला आ कहे ला के फरके खतम हो जाई. ओही तरह खातिर का साथे कई बेर हमनी का कह लिख देनी कि के खातिर. खातिर में के पहिलही से समाहित बा आ ओकरा के अलग से कहला के जरूरत ना होखे के चाहीं. खैर वापिस लवटल जाव सट्टा का तरफ. आजुकाल लगन के सीजन, मतलब कि शादी बियाह के दौर चलत बा आ एहमें साटा लिखे आ लिखवावे के बहुते जरुरत पड़ेला. बाजा वाला से, नाच वाला से, शामियाना वाला से, भोजन बनावे परोसे वाला से वगैरह वगैरह से साटा लिखवावल जाला कि फलां फलाँ दिने फलां फलां काम करी जवना का एवज में फलां फलां के एतना रुपिया दीहें. ई साटा मुँहजबानीओ हो सकेला आ कागजो पर बाकायदा लिखा पढ़ीओ में. कागज के फायदा ई होला कि ओकरा के पंचन का सोझा राखल जा सकेला. मुंह जबानी के कवन सुबूत. अब सुबूत आ साबूत के बात कइल जाव त एगो प्रमाण ह दोसरका साक्षात. आज पता ना काहे बात बेर बेर बहकि के लूप लाइन में चल जाता. से वापिस लवटत बानी आ अबकी सटहा से सटत बानी. हँ त सट्टा करे का आरोप में धराइल क्रिकेटरन के चरचा लगातार चलवला के एगो खास मकसद बा. ओहु पर धेयान दिआवल जरूरी बा. सत्ता के भठियरपन के अतना चरचा चलल कि सत्ता बेचैन हो गइल आ खोजे लागल कवनो अइसन मुद्दा जवना से लोग के धेयान सत्ता के सटाकी से हटावल जा सके. सटाकी स्लैक्स भा बहुते चुस्त कपड़ा के कहल जाला जवन देह से सटल रहो. त भठियरपन के चरचा सत्ता से अइसन सटल कि ओकर सटाकी बन गइल. सटाकी पहिरल उतारल आसान ना होले. बाकिर अपना कमजोरी से धेयान हटावे खातिर दोसरा के कमजोरी के, गलती के, पाप के चरचा बहुते कामे आ जाला. आजुकाल्हु इहे होखत बा आ लाखो करोड़ के घोटाला पर से धेयान हटावे ला सत्ता के सटहा के डर से पोसुआ मीडिया सट्टा का खबर से अइसन सटा गइल बाड़न कि छोड़वले नइखन छूटत जा. बात खतम करे के पहिले सटहा का बारे में जान लिहल जाव. सटहा छड़ी होले आ नाहियो होले. काहे कि छड़ी सूखल लकड़ी के होला आ सटहा हरियर कांच लकड़ी के. सटहा जब सटासट पड़े लागेला त टूटे ना जबकि छड़ी टूट सकेले. अलग बात बा कि चोट दुनु से ओतने लागेला. आ फेर सोचीं कि बा कि, बाकी, आ बाकि में का फरक होला ? कुछ कुछ रउरो सभे सोचल करीं. बतकुच्चन कला ह केहु कर सकेला.

0 Comments