बढ़िया कार्यक्रम दिहल हमनी के कोशिश रही – बतवली रजनी सिंह

मोतिहारी में बोलावल प्रेस सम्मेलन में अंजन टीवी के कंटेट हेड़, सामग्री प्रमुख, रजनी सिंह बतवली कि उनुका चैनल के ना त केहु से मुकाबला बा ना केहु का आगा बढ़े के कवनो योजना बा. अंजन टीवी त बस सही दिशा में सही सोच का साथे चलत जाए के बा. अंजन के कोशिश रही कि बढ़िया संदेश देबेवाला कार्यक्रम पेस कइल जाव.

पिछला दिने लॉंच भइल अंजन टीवी आपन जानकारी जन जन ले चहुँपावे ला पिछला कई दिन से बिहार, उत्तर प्रदेश आ झारखण्ड के शहरन में आपन कार्यक्रम करत बा. ए॰ए॰पी॰ मीडिया के उपक्रम अंजन टीवी आकर्षणपूर्ण मनोरंजन देबे के इरादा रखले बा. चैनल चैबीसों घंटे मनोरंजन करी जवना में भोजन, स्वास्थ्य, संगीत, फिल्म्स, सोप्स, रियलिटी शोज़, कोमेडी, यात्रा आ लाइफ़ स्टाइल से जुड़ल कार्यक्रम देखावल जाई. अधिकतर शो के उद्घौषक भोजपुरी सिनेमा के महारथी रहीहें.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..