भईया के ससुरारी में के शानदार प्रीमियर शो

पिछला दिने मुंबई का फेम एडलैब मल्टीप्लेक्स में महाराष्ट्र के कद्दावर राजनेता आ भोजपुरी सिनेमा के दिग्गज हस्तियन का मौजूदगी में निर्मात्री रीना एस पासी के भोजपुरी फिल्म भईया के ससुरारी में के शानदार प्रीमियर शो आयोजित कइल गइल. शो अतना नायाब तरीका से कइल गइल कि अगल बगल से गुजरे वाला लोग आपन वाहन रोक के शो के नजारा देखे लागल.

अँधेरी स्टेशन से फेम एड लैब तक आ मुंबई के कमोबेस हर लोकेशन पर फिल्म के कटआउट लगावल गइल रहे. पूरा थियेटर के छोट छोट गुब्बारा आ बिजली के बत्ती से सजावल रहे, थियेटर का अगल बगल का मकान से आतिशवाजी होत रहल. एदलैब का सामने दु गो बड़हन गुब्बारा लगावल रहे. आठ गो वैन पर प्लाज्मा टीवी स्क्रीन लगावल रहे आ खचाखच भरल फेम एड लैब के स्क्रीन एक आ दू पर फिल्म के शो देखावल गइल.

प्रीमियर शो पर महाराष्ट्र के पूर्व गृहमंत्री कृपाशंकर सिंह, फिल्म के निर्मात्री रीना एस पासी, आ निर्देशक राजकुमार आर पाण्डे, मो॰ आरिफ नसीम खान, अशोक जाधव, जयन्ती सूर्या, राम सिंह, मुन्ना त्रिपाठी, भोजपुरी सिनेमा के मेगा स्टार मनोज तिवारी, सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन, सुशील सिंह, मोनालिसा, विक्रांत सिंह, कुमार मोहन, छोटू छलिया, आलोक कुमार, दुर्गा प्रसाद मजुमदार, उदय सिंह, केडि, सुशील उपाध्याय वगैरह लोग मौजूद रहुवे.

भईया के ससुरारी में के गीत प्यारेलाल कवि के, संगीत राजेश रजनीश के, संवाद मनोज के कुशवाहा के, पटकथा राजकुमार आर पाण्डेय आ प्यारेलाल के आ छायांकन प्रमोद पाण्डे के ह. फिल्म के मुख्य कलाकार विजय लाल यादव, पूनम सागर, सुशील सिंह, रानी चटर्जी, प्रकाश जैस, ऋतिका शर्मा, मीरा मूर्ति, सोनिया मिश्रा, बृजेश त्रिपाठी, अनिल यादव, मोहन जोशी आ एयाज खान के नाम बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह, उदय भगत, आ रंजन सिन्हा के अलग अलग भेजल सामग्री)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।