भईया के साली ओढ़निया वाली पूरा फेमिली के इन्टरटेन करी

संयोगिता फिल्म्स का बैनर में बनत भोजपुरी फिल्म भईया के साली ओढ़निया वाली के शूटिंग पिछला दिने यूपी का अलगा अलगा लोकेशनन पर पूरा करा लिहल गइल. एकर निर्माण भोजपुरी सिनेमा के सफलतम निर्माता आलोक कुमार करत बाड़े जे एकरा पहिले राजा भोजपुरिया, हो गइल बा प्यार ओढ़निया वाली से, गवनवाँ ले जा राजाजी, निरहुआ चलल ससुराल, हो गइनी दिवाना तोहरा प्यार में जइसन सुपर हिट फिल्म बना चुकल बाड़े.

फिल्म के नायिका आ साली के चुलबुली भूमिका में चलनी के चालल दु्ल्हा से चर्चा में आइल शुभी शर्मा बाड़ी आ उनकर नायक बाड़े भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह. बाकी कलाकारन में दीपराज राणा, रजनीश मिश्रा, सोनाक्षी, अनूप अरोड़ा, किरण यादव, आ सी पी भट्ट के खास नाम बा. संगीतकार जोड़ी राजेश रजनीश के रजनीश एह फिल्म में पहिला बेर अभिनय कइले बाड़े.

कथा पटकथा लेखन आ निर्दशन के कमान संभरले बाड़े नवोदित प्रेमांशु सिंह. गीतकार अशोक कुमार दीप आ प्यारेलाल यादव, संगीतकार अशोक कुमार दीप, छायाकार हीरा सरोज, एक्शन मास्टर आरपी यादव, नृत्य निर्देशक रामदेवन आ कार्यकारी निर्माता ब्रजेश कुमार विकाश हउवें. निर्माता आलोक कुमार के कहनाम बा कि ई फिल्म संपूर्ण पारिवारिक मनोरंजन बा जवना में कॉमेडी आ एक्शनो के मसाला मिलावल बा. पवन सिंह के फ्रेश लुक खास कर के पसन्द करी लोग.

फिल्म अबही संपादन का स्टेज में बा.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।