"भईया हमार दयावान’’ के प्रदर्शन 23 मार्च से

ऋषि इंटरनेशनल प्रोडक्शन के बैनर तले बनल निर्माता हरीश गुप्ता के भोजपुरी फिल्म “भईया हमार दयावान’’ के प्रदर्शन 23 फरवरी से मुंबई में होखे वाला बा.

एह मल्टीस्टारर फिल्म में मेगा स्टार मनोज तिवारी “मृदुल’, शुभम तिवारी, पाखी हेगड़े, रिंकु घोष, मोनालिसा, किरण कुमार, मनोज टाईगर, अवधेश मिश्रा, ब्रजेश त्रिपाठी आ अरविंद अकेला “कल्लू’’ के प्रमुख भूमिका बा. निर्देशक बाड़न सुपर हिट निर्देशक असलम शेख. गीत विनय बिहारी आ प्यारे लाल यादव के हवे. संगीट दिहले बाड़न राजेश-रजनीश.

बकौल निर्माता हरीश गुप्ता आ निर्देशक असलम शेख “भईया हमार दयावान’ एगो समहर पारिवारिक मनोरंजन देबे वाली फिल्म हवे.


(प्रशांत निशांत के रपट से.)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..