’भईल तोहरा से प्यार – आई लव यू’ के छहो गीत फिलिमा लिहल गइल

मितवा प्रोडक्शन हाउस के बैनर तले बनत फिलिम ’भईल तोहरा से प्यार – आई लव यू’ के छहो गीत के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एहनी के मुंबई के खूबसूरत आ रमणीय जगहन पर शूट कइल गइल. लेखक, गीतकार अउर निर्माता धर्मेन्द्र कुमार मौर्य के एह फिलिम के निर्देशक बाड़े शाद कुमार जे एकर सिनेमैटोग्राफरो बाड़न. सहनिर्माता हउवें राम आशीष चौहान, संगीतकार राउल अउर पाल कानपुरी, आ नृत्य निर्देशक हवें ज्ञान सिंह.

मुख्य भूमिका में विनय आनंद, गुंजन पन्त, राजीव दिनकर, सिमरन, आनंद मोहन, उपासना सिंह, देव मल्होत्रा, मेहनाज श्राफ, अउर मास्टर फरहान आ बेबी फारिया बाड़ी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।