’भईल तोहरा से प्यार – आई लव यू’ के छहो गीत फिलिमा लिहल गइल

मितवा प्रोडक्शन हाउस के बैनर तले बनत फिलिम ’भईल तोहरा से प्यार – आई लव यू’ के छहो गीत के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एहनी के मुंबई के खूबसूरत आ रमणीय जगहन पर शूट कइल गइल. लेखक, गीतकार अउर निर्माता धर्मेन्द्र कुमार मौर्य के एह फिलिम के निर्देशक बाड़े शाद कुमार जे एकर सिनेमैटोग्राफरो बाड़न. सहनिर्माता हउवें राम आशीष चौहान, संगीतकार राउल अउर पाल कानपुरी, आ नृत्य निर्देशक हवें ज्ञान सिंह.

मुख्य भूमिका में विनय आनंद, गुंजन पन्त, राजीव दिनकर, सिमरन, आनंद मोहन, उपासना सिंह, देव मल्होत्रा, मेहनाज श्राफ, अउर मास्टर फरहान आ बेबी फारिया बाड़ी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment