“भईल तोहरा से प्यार – आई लव यू” खातिर गुंजन पंत डबिंग कइली

GunjanPant4
भोजपुरी क्वीन गुंजन पंत भोजपुरी फिलिम ‘भईल तोहरा से प्यार – आई लव यू’ के अपना हिस्सा के डबिंग पूरा करा दिहली. एह फिलिम में गुंजन अपना अदा से देखे वालन के दिवाना बना दीहें. वइसहूं मोहक मुस्कान आ सुन्दरता के मूर्ति गुंजन पन्त के अभिनय आ रूप लावण्य के दीवाना सिनेप्रेमी बहुते प्यार करेले आ उनुकर फिलिम देखे सिनेमा हाल तकले खिंचाइल चल आवेले.

मितवा प्रोडक्शन हाउस के बैनर तर बनल एह फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन के काम अब पूरा होखे प बा आ जल्दिए एकरा के दर्शकन का सोझा पेश क दिहल जाई.

लेखक, गीतकार आ निर्माता धर्मेन्द्र कुमार मौर्य के एह फिलिम के निर्देशन कइले बाड़न शाद कुमार. आ मुख्य भूमिका में विनय आनंद, गुंजन पन्त, राजीव दिनकर, सिमरन, आनंद मोहन, कंचन अवस्थी, पंकज विश्वकर्मा, अभिलाषा, देव मल्होत्रा, बालगोविन्द बंजारा, मेहनाज़ श्राफ, संतोष कुमार यमराज, सीमा सिंह आ मास्टर फरहान अउर बेबी फारिया बाड़ी.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments