भउजाइयन के दबंगईका साथ रंग लगइहे प्रवेश यादव

भोजपुरी के नयका सुपर स्टार आ जूनियर निरहुआ का नाम से मशहूर प्रवेश लाल यादव अबकी होली पर अपना भउजाइयन के दबंगई से रंग लगावत नजर अइहे. वेश भूषा स्टाइल में सलमान खान वाला असली दबंग लउकत प्रवेश मारधाड़ आ एक्शन खातिर आपन दबंग रुप नइखन बनवले. उनकर ई रुप बा अपना भउजाइयन पर जबरदस्ती रंग डाले के. प्रवेशलाल यादव के ई रुप अबकी होली पर रिलीज होखे जा रहल म्यूजिक अलबम में नजर आई जवना के शूटिंग पिछला दिने मुंबई के रसियन विला में शूट करावल गइल. सभका उमेद बा कि प्रवेशलाल के दबंगई वाला रंग दर्शकन के बहुते पसन्द आई.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..