भउजी के डॉगी राजा

भउजी हो !

का बबुआ ?

ई का सुनत बानी ?

हमरा डॉगी राजा के भौं भौं. अउर का.

ई कहिया से पोस लिहलू ?

ए बबुआ, सुनले नइखीं कि देखा देखी पुन्न, देखा देखी पाप.

मतलब का ?

मतलब कि बड़का लोगन का घर में एगो डॉगी राजा हमेशा राखल जाला. काहे कि जरुरत पड़ले पर आवे जाए वालन पर, कुछकहे सुने वालन पर भौंकत रहेले सँ आ लोग पजरी ना सटे.

बाकिर भौंके वाला कुकुरन से बढ़िया त हबके वाला कुकुर होले सँ जे सीधे हबक लेले सँ.

बबुआ वइसन डॉगी रखला मे इहो डर होला कि कबो फुरसत में रउरे के मत हबक लेव. ई डॉगी राजा का बारे में हम बढ़िया से पूरा अता पता लगा के रखले बानी. ई दोसरा कवनो काम लायक नइखे बस भँउके लायक बा. सबेरे साँझ दू गो रोटी दे दिहल करीं, दिन भर भँउकत रही.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।