भउजी हो!

भउजी हो!

का बबुआ? कइसे कइसे? कहवाँ रहतानी आजुकाल्हु कि देखलो दुलम भइल बा?

जानत रहली हँ कि आजु २१ गो तोप के सलामी मिलला बिना ना रही. जानते बाड़ू हमार काम धाम. कबो कबो खाइलो पियल दुलम हो जाले. खैर तू बताव? चिदम्बरम के इस्तीफा पर का राय बा?

कांग्रेस में फेर से नैतिकता के बात करे वाला एगो मंत्री आ गइल बा. अउरी का?

आ शोएब सानिया पर तोहर राय?

दोसरा के फटला में टाँग ना अड़ावे के. लोग त इहाँ तक कहे लागल बा कि अतना हिन्दुस्तानी मुसलमानन में सानिया के केहू मरद ना बुझाइल त पाकिस्तानी चुन लिहली. अब टेनिस मे जवन रैंकिंग रहे सानिया के, खबरन में त बनल रहीहें कुछ दिन.


पहिले के भउजी हो

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।