भउजी हो : अलकायदा बनाम आलाकमान

भउजी हो !

का बबुआ ?

सुनत बानी कि मनमोहन सिंह आ गिलानी में एगो बात एके लेखा बा.

का बबुआ ?

गिलानी के अपना देश में रहे वाला ओसामा का बारे में पता ना रहे आ मनमोहन के अपना मंत्री ए॰राजा का बारे में.

ई झूठ बा बबुआ.

काहे भउजी ?

मनमोहन के सब मालूम रहे बाकिर ऊ चुप्पी सधले रहले.

केकरा डरे ? एहिजा त कवनो अलकायदा नइखे.

अलकायदा आ आलाकमान में ढेर फरक थोड़े होखेला.

गजब भउजी. एहि तरे ढारत रहऽ.

भागब कि ना !

1 Comment

  1. प्रभाकर पाण्डेय

    आछा-आछा….भउजी…त तुँ इ कहल चाहतारु की….त जवनेगाँ मनमोहन बाबा अउर सरकार ए.राजा की साथे-साथे अउर एइसने मुद्दन पर चुप्पी सधले रहलन ओहींगाँ गिलानी अउर पाक (नापाक) सरकारो ओसाबा अउर दाउद जइसन मुद्दन पर चुप्पी सधले रहल ह…अउर सधले रही…जय हो।। बाह…..बाह…काफी समानता बा…..

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।