भउजी हो! हैप्पी होली!

भउजी हो! हैप्पी होली!

का बबुआ ? रउरो अगरेज बनि गइनी का ?

ना भउजी.बाकिर चारो ओर देखि के लागल कि इहे कहल ठीक रही. देखतानी कि जे सुबहित एक लाइन अंगरेजी ना बोल सके उहो एक दोसरा के हैप्पी होली बोलत बा.

कबो सोचनी कि काहे अइसन होखत बा ?

ना. तू बता सकेलू का ?

आदमी अब अपने में सिमटल जात बा. होली उल्लास के, खुशी के तेहवार ह. एहमें कवनो औपचारिकता ना रहत रहे. काहे कि औपचारिक रहत एक दोसरा पर कादो पानी रंग गोबर ना फेंकल जा सके. ई सब या त अनौपचारिक रहि के कर सकीलें भा बेपरवाह रहि के. जेकरा गरियावे के होखे गरिया लेव हम त अपने मन के करब. बाकिर अब लोग का मन से अपनापन खतम होखल जात बा. परबो तेहवार रस्म अदायगी जइसन बनि गइल बा. से लोग निभा लेत बा. आ औपचारिकता खातिर अंगरेजी में हैप्पी होली बोलल सहज लागेला. होली के बधाई भा शुभकामना बोले खातिर त होरिहार बने के पड़ी.

बतिया त हमेशा का तरह अबकियो ठीक बोललू. अरे रे रे हई का ? मार दिहलू फचाक से हरदी के घोल.

त करीं का ? भोरे अइनी ना, आइल बानी अबीर का बेर. बाकिर हमरा ओह से का? राउर कपड़ा खराब होखे त होखो हम आपन काम कइसे छोड़ दीं.

बाकिर हम त अबीरे ले के आइल बानी चलऽ उहे लगा देत बानी.

3 Comments

  1. amritanshuom

    भउजी हो!हमहूँ कहत बनी -हैप्पी हो…….ली!

  2. Vinod Pandey

    bahut badhiya

  3. चंदन कुमार मिश्र

    आ औपचारिकता खातिर अंगरेजी में हैप्पी होली बोलल सहज लागेला.

    माने जवन हुआँ हुआँ होखे लागे तवन के सहज कह के वैग्यानिक बनावल जा सकेला ?

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..