भउजी हो!

भउजी हो!

का बबुआ?

सुनलू हऽ?

बहिर थोड़े हईं. कवना बात का बारे में पूछत बानी?

सुने में आवत बा कि देश में शौचालय से बेसी मोबाइल हो गइल बा.

त एहमें अचरज का बा? एगो शौचालय से कई लोग के काम चल जाला, जबकि एक एक आदमी के दू गो तीन गो मोबाइल रखे के पड़ेला. दोसरे, देश के बड़हन आबादी शौचालय के इस्तेमाले ना करे. ऊ सीधा मैदाने चल जाला.

बाकिर संयुक्त राष्ट्र संघ के एजेन्सी एकरा के दुखद संयोग बतवले बिया.

केहू ओह लोग से कबो पुछले बा कि टायलेट पेपर से पोंछिये के काम चलावे वाला लोग दोसरा का आदतन का बारे में का कही?

भउजी तू त पोंछीटे खोल दिहलू.

राउर बतिये अइसन रहल ह.


भउजी हो के पिछला कड़ी.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।